BH/Prabhupada 1062 - प्रकृति पर मालिक बने के अधिकार जमावे के , हमनी के आदत बा

The printable version is no longer supported and may have rendering errors. Please update your browser bookmarks and please use the default browser print function instead.


660219-20 - Lecture BG Introduction - New York

इहे गलती बा. ब्रह्माण्ड में बहुत चीज, या घटना , अचरज से भरल बा , एह सब आश्चर्य के पीछे केहू मास्टर जरूर बा . बिना सिखवले या नियंता के , कुछ नईखे हो सकत. नियंता के बारे में ना सोचल त , बचपना ह. जईसे , खूब सुन्दर मोटर गाडी होखे, अच्छा स्पीड में चलत होखे , खूब अच्छा मशीन हो, सड़क पर चल रहल हो . त कवनो छोट बालक के अचरज होई " अरे ! इ कैसे सड़क पर चलता ?, एकरा के ना त घोड़ा खींचता , ना केहू आदमी ठेल रहल बा ?" लेकिन पढ़ल लिखल आदमी , का मालूम बा कि कार के भीतर के पार्ट पुर्जा , ड्राईवर का बिना, चल नईखे सकत . कार का भीतर के मशीन, चाहे बिजली के पावर हाउस में ..... आज काल त , मशीन के समय बा, मशीन का पीछे, इ जाने के चाहीं , मशीन के सब अचरज का पीछे , एक ठो , ड्राईवर होला . इ ड्राईवर भगवान हईं, अध्यक्ष .. भगवान के अधीन सब काम हो रहल बा . जीव लोग, चाहे प्राणी , भगवान एह लोग के गीता में कहले बानी , आगे वाला अध्याय में पता चली , कि सब जीव भगवान के अंग ह . ममैवांशो जीव-भूत: (भ गी १५.७) . अंश के मतलब हिस्सा, अंग . जईसे सोना के टुकडी भी सोना ही होला , समुंद्र के एक बूँद भी, समुद्र जईसन नमकीन होला , ठीक ओही तरह से, हमनी के, सभे जीव , भगवान के अंश भइला के कारण , ईश्वर, भगवान , या भगवान श्रीकृष्ण , कहे के मतलब , जे , गुण का रूप से, भगवान के सब गुण से - छोट रूप में - जुड़ल बानी सन . एह गुण का चलते हमनी के भी छोट ईश्वर हो गईनी सन, अधीन ईश्वर . त कंट्रोल करे के बीमारी ध लेला . हमनी के आदत बा प्रकृति पर नियंत्रण करे के. आज काल त आकाश के ऊपर नियंत्रण के होड़ लागल बा . हमनीं के नकली ग्रह , उपग्रह छोडत बानी सन . त , इ कंट्रोल करे के , सिरिजना करे के आदत हमनी में बा काहे की इ गुण हमनी का मिलल बा . जाने के चाहीं जे, इ सब गुण के कवनो जरूरत नईखे . इ सब जे आदत मालिक बने के , प्रकृति का ऊपर दखल करे के , कि , हमनी के सर्वोच्च नियंता ना हईं सन. इ चीज भगवद गीता में कहल बा . त इ भौतिक प्रकृति का ह ? प्रकृति के बारे में भी कहल बा . प्रकृति, भौतिक प्रकृति - गीता में कहल बा - छोट , लघु प्रकृति ह . अपरा प्रकृति, आ जीव के कहल बा परा प्रकृति . प्रकृति के मतलब, जवना का ऊपर नियंत्रण हो , जे ... प्रकृति के असली मतलब ह, स्त्री , या नारी. जईसे पति अपना पत्नी के सब काम के नियंत्रण करे ला . ठीक ओही तरह से, प्रकृति भी अधीन रहेले , ओकरा ऊपर केहू के नियंत्रण रहे ला. भगवान , उ भगवान के नियंत्रण में रहे ले , आ प्रकृति , माने जीव आ भौतिक प्रकृति , उ अलगा अलगा प्रकृति ह, दूनो पर भगवान के कंट्रोल बा , नियंत्रण बा. प्राणी लोग भगवान के अंश ह - गीता के अनुसार- लेकिन ओह लोग के प्रकृति मानल गईल बा . इ बात गीता के सातवाँ अध्याय में कहल बा , अपरेयामितस्त्वन्याम प्रकृतिम विद्धि में अपराम (भ गी ७.५) . इ भौतिक प्राकृत अपरा ह , छोट . इतस्तु , एकरा ओह पार, दोसर प्रकृति बा . अब उ कौन प्रकृति ह ? जीव भूत: , इ सब ..... इ प्रकृति तीन गुण से बनल बा : सात्विक , राजसिक, आ तामसिक . आ, एह तीनो गुण - सत्त्व , राज, तम - का ऊपर , शाश्वत काल बा. उहाँ पर शाश्वत समय बा . आ,प्रकृति के एही तीनो गुण का संयोग से आ, शाश्वत काल का देख रेख में सब काम, होखेला . ओही सब काम के कर्म कहल जाला . इ सब कर्म अनंत काल से चल आ रहल बा आ, हमनी के ओह के चलते दुःख चाहे सुख भोगत बानी सन .